गुरुवार, 1 जून 2017

घाम में लू लाग जाई, बच के रहीं


   
    गर्मी के दिन में लू लागल त सामान्य बाति ह। एह से बचे खातिर ढेर उपाय अपना घरवे में मिलेला बाकिर प्रचार के दुनिया में जीये वाला मनई घरेलू उपाय पर विश्वास तनी कम करेला। देखीं, रउरा विश्वास करीं चाहे ना, घरेलू नुस्खा बड़ा असरकारी होला। बात त रउरा जानते बानी कि लू लगला के सबसे बड़ वजह देहिं में  पानी के कमी हवे।  एही से सबसे पहिले त  गरमी के महीना में ज्यादा से ज्यादा पानी पिए के चाहीं। घर से बाहर निकलला से पहिले विशेष सावधानी बरते के चाहीं
 आ कुछ अउरिओ करे के चाहीं। जइसे  - 
  • धनिया के पानी में भिगोके राखीं आ फेर ओकरा के बढियाँ से मसल के अउरी छान के ओहमे तनी सा चीनी मिला के पी लीं।  
  • गरमी में आम के पन्ना पीये के चाहीं। माने काँच आम के रस बना के पिआला पर लू छू मंतर हो जाई।  
  • इमली के बिआ के पीसके ओकरा के पानी में घोर के कपड़ा से छान लीं आ तब ओह पानी में शक्कर मिलाके पीं। 
  • बाहर निकले से पहिले हमेशा अपने साथ पानी के बोतल राखीं आ तनी-तनी देर पर पिअत रहीं। सथवे गरमी में घर से निकले से पाहिले कुछ खा-पी लेबे के चाहीं। 
  • घाम में कम से कम निकले के कोशिश करीं आ अगर निकलल जरूरी बा त छाता ले के चलीं। 
  • घाम में निकले से पहिले देह-ढकुआ कपड़ा पहिनी। ओहू में संभव होखे त उज्जर चाहें कवनो हलुक रंग के कपड़ा पहिनी। 
  • काँच पियाजो लू से बचावे में मददगार होला। रउरा खाये के बेरा काँच पियाज के सलाद बनाके खायीं।  
  • गर्मी के मौसम में शरीर में पानी के कमी ना होखे से तरबूज, ककड़ी, खीरा खूब खाये के चाहीं। एकरा बादो फल के जूसो लेबे के चाहीं। 
  • पानी में ग्लूकोज मिलाके पिअत रहे के चाहीं। एह से रउरा शरीर के उर्जा मिलत रही आ रउरा थकान कम लागी। 
  • लू से बचे खातिर बेल चाहे नींबू के रस पिअल देहिं में पानी के कमी के पूरा करेला। 

तनी ध्यान दीं आ मस्त रहीं। तनिका ध्यान दिहला से रउआ गरमियों में ठंडी के एहसास होई। 
                                              -----------

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें