शनिवार, 18 नवंबर 2017

काढ़ा : सरल उपाय

   
बदलत मौसम में खांसी, जुकाम, गटई के जकड़न  जइसन समस्या अक्सर धरे लागेला। एकरा बादो धूरा आ प्रदूषण के कारण ई सब परेशानियाँ लोग में देखे के मिलत रहेला।  इहे कारन बा कि लोग के साँस लेबे में दिक्कत, दम फूलल आदि के बेमारी होला। अइसन समस्या से बचे खातिर डॉक्टर के दवाई लीं चाहे मत लीं, घरेलू नुस्खा से झट से आराम मिल सकेला।
   देखीं, सर्दी जुकाम जइसन बेमारी से राहत पावे खातिर जदी रउरा तुलसी के पत्ता, अदरक, गुड, काली मिर्च वगैरह मिला के काढ़ा बना लीं आ सेवन करत रहीं, त जाड़ा के मार कबो ना पड़ी।  हमेशा रउरा टनाटन राहेब। 

तुलसी पत्ता तुरि के कुछ मिला लीं गुड़ 
अदरक काली मिर्च मिलाई ओहमे जरूर 
खौलाई कुछ देर आ डालीं लौंग तनी घी
सुबह-शाम तनी चाव से आँख मुन के पी 
शरद-गरम के चक्कर से रउरा बच जाएब 
कान पर अँगुरी दे के बइठल बिरहा गाएब। 
मौसम वाला बेमारी के काढ़ा सरल उपाय 
अपने इगुवारे-पिछवारे सगरो चीज मिला जाय। 
                        ------